पहिला पन्ना राष्ट्रीय ख़बर
अब आग लागी अब डीजल के किमत मेँ
25 अप्रैल 2012, 14:00 IST
अब महंगाई के मार जल्दिए डीजल पर पड़ सकेला काहेँ से कि सरकार डीजल के नियंत्रण मुक्त कर सकेले.

महंगाई से जुझ रहल आम आदमी बदे कवनो राहत के खबर नईखे बल्की खबर बा कि जल्दिए डीजल के दाम भी बढ़ सकेला.

ओकरा के देख के अबहिने से भाजपा आ तृणमूल के पारा गरम हो गईल बा। भोजपुरी खोज.काँम के सूत्रन से मिलल जानकरी के अनुसार अइसन संभव बा कि सरकार डीजल के नियंत्रण मुक्त ना कर सके आ दाम भी ना बढ़ा सके ।

सरकार के एह फैसला पर एक बार फिर भाजपा आ खासकर तृणमूल के विरोध के सामना करे के पड़ सकेला । काहेँ से कि संसद में जवना तरीका से सरकार डीजल के दाम बढ़ावे के बयान देले बिया ओकरा से त ईहे लागता ।

गौरतलब बा कि मंगर के सरकार द्वारा डीजल के कीमत के बारे मेँ आपन एक साल पुरान फैसला के बात दोहरावल गईल जेकरा के देख के विपक्षी दलन के साथ ह सहयोगी दल तृणमूल कांग्रेस के भी पारा गरम हो गईल बा।

अब अईसे सरकारी तेल कंपनियन के मुसीबत हाल-फिलहाल खत्म होखत नईखे लऊकत ।

राज्यसभा में वित्त राज्यमंत्री नमोनारायण मीणा एगो प्रश्न के लिखित जवाब में कहलेँ कि, डीजल के कीमत के विनियंत्रित कईला के सैद्धांतिक फैसला अब हो चुकल बा।

मीणा के ई बयान क मीडिया में अईला के बाद भाजपा के प्रवक्ता प्रकाश जावेडकर कहलेँ कि बुझात बा कि सरकार अब बहुते जल्दिए ही डीजल के कीमत बढ़ावे जा रहल बिया। आ सरकार के एह तरह के कवनो भी कदम के भाजपा पूरा विरोध करी।

ताजा खबर अपना मोबाईल पर पावे बदे m.bhojpurikhoj.com पर विजीट करीँ

शीर्ष पर वापस जाएँ
Follow us: facebook Twitter Youtube