बीबीसी सेवा के भारत मे विस्तार हो रहल बा

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

बीबीसी न्यूज़ भारत मे गुजराती,मराठी,पंजाबी क तेलुगु में न्यूज़ सर्विस के शुरुआत कर रहल बा. ई सेवा सोमार दुपहर बाद शुरू हो जाई.

चार भारतीय भाषा में न्यूज़ सर्विस के शुरुआत के बाद बीबीसी हिंदी के न्यूज़ बुलेटिन ‘दुनिया’ एक बार फिर शूरु होइ.

ई कार्यक्रम भारतीय समय अनुसार साम 6 बजे से ‘इंडिया न्यूज’ चैनल पर देखल जा सकेला.

बीबीसी हिंदी डॉट कॉम के अनुसार बीबीसी तेलुगु के टीवी बुलेटिन ‘प्रपंचम’ के प्रसारण ‘ईनाडु टीवी आंध्रप्रदेश’ आ ‘ईनाडु टीवी तेलंगाना’ पर रात साढ़े दस बजे से होइ.

भारत मे बीबीसी अपना निवेश के बढ़ा रहल बा आ दिल्ली में न्यूज़ ब्यूरो के विस्तार शुरू कर रहल बा. दू ठो टेलीविजन स्टूडियो भी बनावल गइल बा.

बीबीसी देश भर से 150 पत्रकारन के भर्ती भी शुरू कर रहल बा. बीबीसी के अनुसार सगरो सेवा शोशल मीडिया पर भी उपलब्ध रही.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हम viaon@upi (Pay throw UPI BHIM) डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं