15 अक्टूबर के होई भोजपुरी कवि सम्मेलन

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

अशोक प्रहरी संस्था की ओर से 15 अक्टूबर के सांझ तीन बजे से गाजियाबद के लोहिया नगर स्थित हिन्दी भवन में राष्ट्रीय भोजपुरी कवि सम्मेलन होई. एह अवसर पर भोजपुरी के जानल मानल कवि अपना कविता पाठ से सुने वाला लोगन के भोजपुरिया रंग मे रंग दिहें.

कवि सम्मेलन के संचालन जानल मानल भोजपुरी कवि मनोज भावुक जी करिहें.कवि सम्मेलन के मुख्य अतिथि अजीत दूबे आ विशिष्ट अतिथि शिवाजी सिंह होईहें.

कार्यक्रम के संयोजक अशोक श्रीवास्तव बतवलें कि एह कवि सम्मेलन में कवि मनोज भावुक, डॉ. कमलेश राय, संजय मिश्र संजय, सुभाष यादव, अनूप पाण्डेय, गोरख प्रसाद मस्ताना, पूनम श्रीवास्तव, सरोज सिंह, मोहन द्विवेदी, फजीहत गहमरी और जेपी द्विवेदी श्रोता लोगन के भोजपुरी कविता से सराबोर कर दिहें.

 

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हमें डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं