भारत अब कमजोर नइखे,चीन के भी एहसास

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर
फाइल फोटो

केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह अतवार के कहलें कि भारत के सीमा पूरी तरह से सुरक्षित बा आ अब पड़ोसी देश चीन भी भारत के ताकत के समझ रहल बा.

राजनाथ सिंह भारतीय लोधी महासभा के एगो कार्यक्रम में कहलें कि डोकलाम विवाद सुलझा लिहल गइल बा.भारत के सीमा पूरी तरह से सुरक्षित बा आ चीन के भी समझ आ रहल बा कि भारत अब कमजोर नइखे.

जब से केंद्र में पीएम मोदी के नेतृत्व में सरकार बनल बा तबसे भारत के प्रतिष्ठा अंतरराष्ट्रीय स्तर पर बढ़ गइल बा. नरेंद्र मोदी प्रधानमंत्री पद के सपथ लिहला के बाद कहलें रहलन कि हमार सरकार गरीब तबका के सरकार ह. 

राजनाथ सिंह कहलें कि जातीय संगठन के कार्यक्रम में शामिल होखल वोट बैंक के राजनीति ना ह. सिंह कहलें की बीजेपी वोट बैंक के राजनीति ना करेले, हमहम देश आ समाज के बेहतर बनावे के कोशिश करे में  विश्वास राखी ना जा.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हमें डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं