दुपहर तक रिहा हो सकेलें तलवार दंपति

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर
फाइल फोटो

आरुषि-हेमराज मर्डर केस में लगभग चार साल के सजा काट चुकल आरुषि के माता-पिता राजेश आ नूपुर तलवार आज रिहा हो सकेलें. इलाहाबाद हाईकोर्ट तलवार दम्पति के संदेह के लाभ के आधार पर रिहा करे के आदेश दे चुकल बा.

लेकिन एह से पहिले सीबीआई अदालत राजेश आ नूपुर तलवार के दोषी मानते हुए उम्रकैद के सजा सुनवले रहे.

फैसला सुनावत हाईकोर्ट सीबीआई जांच के कई खामी के भी जिक्र कइलसि. कोर्ट के अनुसार कई सबूत के न त जांच भइल आ ना ही ओके वेरिफाई कइल गइल. हाईकोर्ट के अनुसार परिस्थिति आ मौजूद सबूत के आधार पर तलवार दंपति के आरोपी ना बनावल जा सकेला.

12 अक्टूबर के ही रिहाई के फैसला हाईकोर्ट सुना देले रहल लेकिन शनिचर आ अतवार के छुट्टी के कारण जेल प्रशासन के पास कोर्ट के फैसला के कॉपी ना पहुंच पावल अइसे में आज 16 अक्टूबर के दिन तलवार दंपति के रिहा कइल जा सकेला.

जेल प्रशासन तलवार दंपति से गुजारिश कइलसि कि दुनो लोग हर 15 दिन पर कैदियन के डेंटल चेकअप के खातिर आवत रहें.

तलवार दंपति जेल के अंदर डेंटल क्लिनिक के पूरा सेटअप बनवले बाड़ें आ मीडिया रिपोर्टस के अनुसार जेल में डेंटल चेकअप पर हर रोज 40 रुपिया तलवार दंपति के मिलत रहल.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हम viaon@upi (Pay throw UPI BHIM) डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं