एक्टर खेसारी लाल के सफलता के पीछे के कहानी

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

भोजपुरी के दिग्गज अभिनेता खेसारी लाल यादव के फैमली भोजपुरी के चकाचौध आ लाइम लाइट से हमेशा दूर ही रहेले. जहां खेसारी लाल यादव इंडस्ट्री के होखे वाला पार्टी में शामिल होलें ओहिजे उनकर पत्नी चंदा देवी एह सबसे दूर रहेली.

खेसारी एगो बेटा आ बेटी के पिता भी बाड़ें, बेटी एगो फ़िल्म में बतौर चाइल्ड आर्टिस्ट के भूमिका निभा रहल बाड़ी.

आप लोगन के बता दिहल जाव कि खेसारी लाल यादव के शादी 2006 में भइल रहल आ खेसारी के सफलता में चंदा देवी के पूरा श्रेय दिहल जा सकेला.

फ़िलिम में अइला से पहिले खेसारी दिल्ली में धागा कटाई के काम भी कर चुकल बाड़ें. शादी भइला के बाद खेसारी दिल्ली में लिट्टी चोखा के दुकान भी चलवलें जेकरा में उनकर पत्नी उनकर साथ दिहली.

“केकरा खातिर करबू भउजी अबकी के परब, सइयां अरब गईलें ना” के हिट भइला से पहिले खेसारी के कई गो एलबम फ्लॉप भी भइल लेकिन हिम्मत आ पत्नी के सहयोग से आ माई बाबूजी के आशीर्वाद से खेसारी आज भोजपुरी के शिर्ष पर विराजमान बाड़ें.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हम viaon@upi (Pay throw UPI BHIM) डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं