9 फरवरी से प्रदर्शित होइ ‘राम मिलाए जोड़ी’

रामचंद्र यादव, भोजपुरी खोज डॉट कॉम के खातिर

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

इंतजार के घड़ी अब खत्म होखे जा रहल बा काहें से कि 9 फरवरी से बिहार अउर झारखण्ड के कई सिनेमाघरन में बहुचर्चित भोजपुरी फ़िलिम ‘राम मिलाये जोड़ी’ के प्रदर्शन धूम धड़ाके के साथ शुरू होखे जा रहल बा.

भोजपुरी फ़िलिम ‘राम मिलाए जोड़ी’

बिन्द मूवीज एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल ई भोजपुरी फ़िलिम टेक्नीकल रूप से मजबूत मानल जा रहल बा. जहां चहुओर अश्लीलता के आरोप से भोजपुरी सिनेमा घेराइल रहे ला अब ओहिजे भोजपुरी सिनेमा प्रेमियन के खातिर एगो निमन आ स्वस्थ फ़िलिम के निर्माण कइल गइल बा.

फ़िलिम एक्स्पर्टन के अनुसार फ़िलिम के पूरा परिवार एक साथ बइठ के देख सकेला.

फ़िलिम बिहार आ झारखंड में आर डी मोशन पिक्चर्स द्वारा रिलीज कइल जा रहल बा. ओहिजे भोजपुरी में एकबार फिर से गायक से नायक बनला के कहानी चरितार्थ होखे जा रहल बा.

गायक से नायक बनल अजय लाल यादव अपना पहिली फ़िलिम दर्शकन के बीच लेके एक रहल बाड़ें. फ़िलिम ’राम मिलाये जोड़ी’ के निर्माता वीरेन्द्र बिन्द, महेन्द्र बिन्द आ राम प्रकाश बिन्द बाड़ें जबकि आफताब अली फ़िलिम के निर्देशन कइले बाड़ें.

आफताब अली के कहानी आ पटकथा जबकि संवाद अनिल विश्वकर्मा के लिखल बा. फ़िलिम में भोजपुरी के लोकप्रिय गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि के लिखल गीत के संगीत से सजवले बाड़ें संगीतकार ओम झा.

छायांकन डी के शर्मा, नृत्य निर्देशक संतोष कुमार, मारधाड़ प्रदीप खड़का, संकलन अर्जुन भारद्वाज के ह.फ़िलिम के प्रचारक रामचन्द्र यादव आ सर्वेश कश्यप बाड़ें.

फ़िलिम में मुख्य भूमिका में नवोदित भोजपुरी लोक गायक अजय लाल यादव, अर्चना सिंह, बालेश्वर सिंह, पप्पू यादव, गोपाल राय, राम मिश्रा, संजय वर्मा, दिनेश राय, सुनीता शर्मा, माही सिंह, पूनम वर्मा, प्रिया सरगम, दीपक पंडित, नजर अब्बास, राम विश्वकर्मा, रमेश यादव कवि, राजेश शर्मा, रामचन्द्र शाह, सफी खान, रमजान शाह के बा.

आप लोगन के बतावत चलल जाव कि भोजपुरी फ़िलिम राम मिलाये जोड़ी के जरिये भोजपुरी लोक गायक अजय लाल यादव बतौर नायक अपना फिल्मी करियर के शुरुआत कर रहल बाड़ें. जबकि उनकर साथ दे रहल बाड़ी ग्लैमर क्वीन अर्चना सिंह.

उम्मीद बा कि भोजपुरी सिनेमा प्रेमियकन के ई रोमांटिक जोड़ी पसंद आई. एह फ़िलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला के सीखड़ ब्लॉक, ग्राम मगरहाँ अउर आस पास के खूबसूरत लोकेशन पर भइल बा.

भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री में गायक से नायक बनल दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह, खेसारी लाल यादव, मनोज तिवारी , रितेश पांडेय के लोग बहुत पसंद करेला अइसे में एगो अउर कलाकार के लोग जरूर पसंद करी.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हम viaon@upi (Pay throw UPI BHIM) डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं