कहल जाला की फ़िलिम समाज के आईना होली स.आस पास घट रहल घटना के ही मनोरंजन के रूप में पिरो के आम दर्शकन के सोझा राखल जाला ताकि मनोरंजन के साथ साथ जानकारी आ जागरूकता भी लोगन के बीच फइलावल जा सके.

अइसन ही एगो साफ सुथरी भोजपुरी फ़िलिम ‘जंग सियासत के’ के निर्माण कइल गइल बा. हीरो भाई एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एह फ़िलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम पूरा कर लिहल गइल बा.

‘जंग सियासत के’मुख्य कलाकार नवोदित श्रीप्रकाश जायसवाल उर्फ ’हीरो भाई’, इला पाण्डेय, रविराज दीपू, ईनु श्री, प्रेम प्रकाश, माही सिंह, संजय पाण्डेय, बालेश्वर सिंह, राम मिश्रा, नीलम पाण्डेय, सुनीता सिंह, वैभव राय, साहिल शेख, सीपी भट्ट, ग्लोरी मोहन्ता, प्रतिभा पाण्डेय, सौरभ पाठक, विकास पंडित आदि बाड़ें.

उम्मीद बा कि जल्द ही फ़िलिम के ट्रेलर आ ऑडियो भी रिलीज कइल जाइ. फ़िलिम के निर्माता श्रीप्रकाश जायसवाल जबकि सह निर्माता प्रेम प्रकाश, कार्यकारी निर्माता विश्वकर्मा प्रसाद आ लेखक नंदू सैनी निर्मोही बाड़ें.

फ़िलिम के कर्णप्रिय संगीत छोटे बाबा ‘बसही’ के बा के एह फ़िलिम के गीतन के अपना मधुर संगीत से सराबोर कर देले बाड़ें. छायांकन गिफ्टी मेहरा, नृत्य केदार सुब्बा, संतोष सर्वदर्शी, मारधाड़ सतीश अन्ना, संकलन शंकर रेगर के ह.

‘जंग सियासत के’ के शूटिंग आजमगढ़ आ मुंबई के बेहतरीन लोकेशन पर भइल बा. भोजपुरी फ़िलिम जगत में हीरो भाई के नाम से लोकप्रिय श्रीप्रकाश जायसवाल बतौर एक्शन हीरो पदार्पण कर रहल बाड़ें.