भोजपुरी के स्टार कलाकार प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’ आ भोजपुरी के सुपर अभिनेत्री प्रीति ध्यानी के आवे वाली भोजपुरी फ़िलिम ‘माई रे माई हमरा उहे लईकी चाहीं’ रिलीज के खातिर तइयार बा. हालाकिं अबही फ़िलिम के रिलीज के तारीख नइखे बतावल गइल.

अंजलि फिल्म्स क्रिएशन के बैनर तले बनल एह फ़िलिम के शूटिंग गुजरात के खूबसूरत लोकेशन्स पर कइल गइल बा. फ़िलिम से जुड़ल सूत्रन के अनुसार फ़िलिम होली के शुभ अवसर पर या फिर होली से पहिले भी रिलीज कइल जा सकेले.

फ़िलिम के ट्रेलर जल्द ही वीनस म्यूजिक से रिलीज होइ. आप लोगन के बतावत चलल जाव की चिंटू के पिछली साल आइल भोजपुरी फ़िलिम ‘ससुराल’ जबरजस्त हिट रहे.

चिंटू के आवे वाली भोजपुरी फ़िलिम ‘माई रे माई हमरा उहे लईकी चाहीं’ से उनकर फैन उम्मीद लगा रहल बाड़ें आ उम्मीद बा कि फ़िलिम दर्शकन के उम्मीद पर सोरह आना खरा उतरी.

फिल्‍म में प्रदीप पांडेय ‘चिंटू’ आ प्रीति ध्‍यानी के अलावा निशा दुबे, सुशील सिंह, प्रीति सिंह, मनोज टाइगर, प्रकास जैश, महेश आचार्या, मंटू लाल, रत्नेश बरनवाल, प्रेम दुबे, सोनू पांडेय, विरेंदर झा, बबलू खान, राजू सिंह माही, यामिनी जैन, परितोष आ लाल जी यादव बाड़ें. गीत श्याम देहाती, विनय आ सुमीत चंद्रवंशी के बा.

फ़िलिम के कहानी एगो अइसन प्रेम कहानी से शुरू होले जवन की अनजान ह. एगो अनजान लईकी के प्यार में फसल हीरो के कहानी के क्लाइमेक्स आप लोगन के शुरू से अन्त ले बांध के राखी.

फ़िलिम के निर्देशक अजय कुमार झा जबकि निर्माता नरेश प्रजापति आ राधे गोविंद गुप्ता हउवें.