जाने कइसे गजल में बदलिए गइल

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

अइसन लागल तहरा गइला से,कि प्राण निकालिए गइल
लागल ठोकर बहुत जोर से पर दिल सम्हरिये गइल
मन, तन,बन कहाँ कहाँ दिखाईं,
रहे लागल जवन घाव उ बस भरिये गइल.

मिलिहें बहुत तहरा जइसन कहले रहू,
बनवलू कांटा जे हमके निकालिए गइल.

चिर के दिल हथेली पर साजल रहे,
देखी के,मुड़ के फेरू भूलिए गइल.

जान तोहरा ला जान हमार हाजिर रहे,
काहें छूरी करेजा पर उ मारिये गइल.

दर्द अइसन लगा के जिनिगिया हमार,
जिनगी आपन उ कइसे सवारिए गइल.

दुख बहुते ‘कुमार’ रंग में प्यार के,
जाने कइसे गजल में बदलिए गइल.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हमें डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं