भारत के जनता जेके चुनी ओही की साथ काम करी अमेरिका

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

Untitled-1 copyभारत मे चुनाव के बह रहल बयार के देखते हुए अमेरिका के कहना बा कि भारत के जनता जेके भी चुनी अमेरिका ओही के साथ काम करे के तईयार बा|

हाल ही मे अमेरिकी राजदूत नैंसी पावेल ने भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के प्रधानमंत्री पद उम्मीदवार नरेंद्र मोदी से गांधीनगर मुलाकत कईली|जब अमेरिकी विदेश मंत्रालय के  उपप्रवक्ता मैरी हर्फ से शुक के पुछल गईल की का उ मोदी के साथ काम करे के तईयार बाड़े त उनकर कहना रहे कि उ हर ओह आदमी के साथ काम करे के तईयार बाड़ें जेके भारत के जनता आपन नुमाईनदा चुनले होखे|उहां के अमेरिका द्वारा मोदी से दुरी बनवला के खबर के खंडन कर दिहलीं|

गौरतलब बा कि 2002 में भईल गुजरात दंगा के ले्के अमेरिका मोदी के बहिष्कार करत आ रहल बा आ इहां तक कि 2005 में मोदी के वीजा दिहला से इंकार भी कर चुकल बा|

हर्फ के अनुसार ‘वीजा के संबंध में हमने क हमेसा से कहत आ रहल बानी जा कि केहु के अगर अमेरिका के वीजा चाहीं त उ आवेदन करे देश के नियम आ कानून के तहत ओह आवेदन के समीक्षा होई|’

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हम viaon@upi (Pay throw UPI BHIM) डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं