मोहल्ला क्लिनिक के चलते “आप” एलजी में तकरार

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर
फोटो क्रेडिट:एबीपी न्यूज़

आम आदमी पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के प्रदेश अध्यक्ष अरविंद केजरीवाल के ड्रीम प्रोजेक्ट मोहल्ला क्लिनिक पर अब आम आदमी पार्टी या दिल्ली के उप राज्यपाल अनिल बैज के बीच टकराव बढ़ गइल बा.

एह योजना में हर मोहल्ला में एगो क्लिनिक खोलला के योजना बा जहां मुफ्त में डॉक्टरी सुविधा उपलब्ध होई.

एह बार आरोप लागल कि आप विधायक मोहल्ला क्लिनिक के फाइल मंजूर करावे के खातिर एलजी हाउस में हंगामा कइलें.

पूरा मामले के सच का ह

आप लोगन के बतावत चलल जाव की आप से जुड़ल कुछ विधायक मोहल्ला क्लिनिक के फाइल मंजूर करावे के खातिर उपराज्यपाल से मिले के खातिर समय मंगले रहलन. लेकिन काल्हु 3-4 के बदले 45 विधायक एलजी हाउस पहुंच गईलें.

विधायकन के मांग रहे कि एलजी मोहल्ला क्लिनिक से जुड़ल फाइल के मंजूर करें लेकिन उपराज्यपाल के कहना बा कि उनका पास कवनो फाइल नइखे काहें से की फाइल के जांच विजिलेंस टीम कर रहल बिया.

आरोप बा कि आप विधायक एह पूरे मामले पर भड़क गईलें आउर फाइल मंजूर होखला तक एलजी हाउस में ही रहला पर अड़ गईलें.

लेकिन खबर के अनुसार जब विधायक बाहर ना निकलले तब शाम 7 बजे एलजी सचिवालय की तरफ से प्रेस नोट जारी कर राजभवन के कॉन्फ्रेंस हाल पर कब्जा आ अनुचित शब्द के प्रयोग के आरोप लगावल गइल.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हमें डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं