भारत अउर नेपाल में निरहुआ के ‘शेर ए हिंदुस्तान’



जुबलीस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ एह होली में भोजपुरी फिल्म ‘शेर ए हिंदुस्तान’ से धमाका करे जा रहल बाड़ें. ई फ़िल्म फगुआ के दिन भारत और नेपाल में एक साथ रिलीज़ होइ. 2019 के होली निरहुआ के नाम ही रहे वाली बिया.

वर्ल्डवाइड चैनल अउर जितेंद्र गुलाटी प्रस्तुत फिल्म के पूरा शूटिंग देश-विदेश के अलग अलग लोकेशन पर कइल गइल बा. फ़िल्म में बेहतरीन लोकेशन के साथे बेहतरीन तकनीक के भी प्रयोग कइल गइल बा.

फिलिम में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के अलावा विदेशी कलाकार भी नज़र अइहें. निरहुआ के एह फिलिम के आधिकारिक टीजर सुप्रसिद्ध म्यूजिक कंपनी वल्र्डवाइड रिकॉड्र्स भोजपुरी के ऑफिसियल यू ट्यूब चैनल से रिलीज कइल गइल बा.

© bhojpurikhoj.com, credit: ramchandra yadav

निर्माता रत्नाकर कुमार के एह फिलिम में देश और विदेश के टेक्नीशियन के साथे मिलके फिलिम के निर्माण कइल गइल बा. फिलिम के निर्देशक व लेखक मनोज नारायण, सह निर्माता राधेकृष्णा सहा व मुन्ना सिंह अउर कार्यकारी निर्माता इमरोज अख्तर मुन्ना, उपेंद्र सिरसत बाड़ें.

सहायक निर्देशक चन्द्रा भंडारी अ देव श्रेष्ठा, प्रोजेक्ट डिजाईनर सन्नी शाह जबकि प्रोडक्शन सुभाष काफले व सांतनु सिन्हा, बिजनेस मैनेजर अश्विन चौधरी जी बाड़ें. फिल्म के प्रचार के जिम्मा रंजन सिन्हा, उदय भगत, रामचन्द्र यादव के दिहल गइल बा.

फिल्म में मुख्य कलाकार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, आयुष रिजाल, नीता ढुंगाना, सुनील थापा, सुशील सिंह, संतोष पहलवान अउर अमृत कुमार बाड़ें. फिल्म के निर्माता रत्नाकर कुमार बतवलें कि फिलिम के बड़े पैमाने पर बनावल गइल बा, पिछली फिल्म संघर्ष के तरह ही एह फिलिम के भी फिल्मावल गइल बा. फिलिम में विदेशी कलाकारन के भी शामिल कइल गइल बा अउर उम्मीद बा कि दर्शक आपन प्यार सिनेमा घरन में आके जरूर दिहें.

न्यूज़ स्टोरी : रामचन्द्र यादव, संपादन : भोजपुरी खोज स्टॉफ


अगर यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आर्थिक मदद करने हेतु यहाँ क्लिक करें