ठेंठ भोजपुरी अन्दाज में शुरू भइल भोजपुरी खोज डॉट कॉम

भोजपुरी के पहिली न्यूज़ पोर्टल भोजपुरी खोज डॉट कॉम आज से ठेठ भोजपुरी अंदाज मे लॉंच हो गइल.वेबसाइट के शुरुआत वेबसाइट के संपादक आज पटना में कइलें, शुरुआत के साथे भोजपुरी खोज डॉट कॉम आपन बेहतरीन  टीम के साथे काम भी करे शुरू कर दिहलसि.

भोजपुरी खोज डॉट कॉम के शुरुआत सन 2008  में ब्लॉग के रूप में शुरू भइल रहे लेकिन अँजोरिया के माध्यम से डोमेन बुक भइल और 2010 से पोर्टल लगातार सेवा दे रहल बा. भोजपुरी खोज डॉट कॉम के शुरुआत अइसन समय भइल रहल जेवना समय इंटरनेट पर भोजपुरी के गिनल चुनल वेबसाईट मौजूद रहलिन स.

भोजपुरी  खोज डॉट कॉम भोजपुरी के पहिली समाचार वेबसाइट ह.  भोजपुरी खोज के शुरुआत रुड़की में इंजीनियरिंग  के छात्र मुकेश यादव सन 2010 में कइलन.

भोजपुरी खोज के नया दौर?

भोजपुरी खोज डॉट कॉम फिलहाल भोजपुरी खोज डॉट कॉम के माध्यम से भोजपुरी में समाचार उपलब्ध कराइ,लेकिन भोजपुरी खोज और भी माध्यम पर उपलब्ध  रही.

एंडॉयड एप्स  के माध्यम से भोजपुरी खोज आप लोग तक आसानी से पहुँच बनाई. भोजपुरी खोज के अनुभवी टीम गाना भोजपुरी एप लांच भी कइलसि जेकरा माध्यम से आप अपना फोन पर नवका भोजपुरी गाना,साहित्य, बिरहा तक भी सुनल जा सकेला. एप गूगल प्ले स्टोर से डाउनलोड कइल जा सकेला।

भोजपुरी खोज इंटरनेट पर भोजपुरी आ भोजपुरी साहित्य के उपलब्धता के खातिर हर संभव रिसर्च करी, आवे वाला अगिला दिन में भोजपुरी के पहिली शोशल नेटवर्किंग वेबसाइट के भी शुरुआत कइल जाए जेवना पर फिलहाल काम चल रहल बा.

भोजपुरी खोज डॉट कॉम ईमेल सेवा से लेके सर्च प्रोजेक्ट, संगीत, वीडियो वेबसाइट तक के सेवा भी आप लोग के उपलब्ध कराइ। जल्द ही भोजपुरी खोज डॉट कॉम पर आप आपन ब्लॉग भी शुरू कर पाइब।

गूगल की तरह ही भोजपुरी खोज डॉट कॉम आप  लोगन के हर सेवा देबे के कोशिश करी.

भोजपुरी खोज डॉट कॉम के नवका वर्जन वेब आ मोबाईल दुनो पर उपलब्ध होई. कवनो भी प्रकार के समस्या भइला पर ईमेल या ऊपर दिहल गइल संपर्क लिंक के जरिये भी सूचना दिहल आ लिहल जा सकेला।