‘दिल इश्क़ नजर का’ पोस्ट प्रोडक्शन प्रगति पर

अवध किंग फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनावल जा रहल भोजपुरी फिल्म दिल इश्क के पोस्ट प्रोडक्शन के कार्य प्रगति पर बा अउर बहुत ही जल्द पूरा भी हो जाई. इ फिल्म बहुत ही रोमांस, मारधाड़, मनोरंजन, इमोशनलआ फैमिली ड्रामा से भरपूर बतावल जा रहल बा.

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में बेहतरीन फिल्म के निर्माण के श्रृंखला में ई अइसन फिल्म बा जेकरा से ही आकर्षण झलक रहल बा. यह फिल्म में दर्शकन के फुल इंटरटेनमेंट के धियान राखल गइल बा.

फिल्म के गीत संगीत भी काफी मधुर आ कर्णप्रिय बनावाल गइल बा. फिल्म के निर्माता अरविन्द कुमार हवें जबकि निर्देशक गुड्डूराज सिंह बाड़ें, कथा आ पटकथा गुड्डूराज सिंह अउर नीरज वर्मा के द्वारा लिखल गइल बा जबकि फिलिम के जानदार आ शानदार संवाद संजय सुहाना के लिखल बा .मारधाड़ प्रदीप खड़का के ह.

मुख्य भूमिका में नीरज वर्मा, छाया सिंह, जमाल खान, गुड्डूराज सिंह, संजय वर्मा, अनूप अरोरा, प्रेम दूबे, बबलू मिश्रा, रमजान शाह आदि बाड़ें। जबकि पार्श्वगायन मोहन राठौर, अलोक कुमार, अनुज तिवारी, प्रियंका सिंह, इंदू सोनाली, ममता रावत, विनीता चंदा के ह.