ये वादा रहा के शूटिंग पूरा, दिसम्बर में होइ रिलीज़

न्यूज़ रिपोर्टर: रामचंद्र यादव/फ़िल्म प्रचारक, भोजपुरी खोज.कॉम के ख़ातिर

जय यादव फिल्म्स के बैनर तले निर्माणाधीन भोजपुरी फिल्म ये वादा रहा के शूटिंग पूरा हो गइल. एह फिलिम में केंद्रीय भूमिका में जय यादव बाड़ें. आप लोगन के बता दिहल जाव कि हाल ही में फ़िल्म के फर्स्ट लुक भी जारी कइल गइल.

एह फिलिम के शूटिंग प्रयागराज के पावन धरती संगम, हनुमान मंदिर, नैनी, बसवार, रामपुर इत्यादि मनोरम स्थल पर पूरा कइल गइल.

एह समय फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेज गति से कइल जा रहल बा.एह फिलिम के दिसंबर महीना में पूरे भारत में एक साथ प्रदर्शित कईले के तैयारी कइल जा रहल बा.

मानल जा रहल बा तकनीकी रूप से मजबूत आ फुल इंटरटेनिंग फिलिम होइ. फिल्म के निर्देशक सुजीत शर्मा (मुन्ना) हवें. सह निर्माता प्रमोद मिश्रा, राजेश देवरा, कविता जायसवाल, निहारिका पवार जी बाड़ें.

फिल्म के मुख्य कलाकार जय यादव, अमृता पांडेय, शिवा, युगांत पांडेय, निशा गोयल, अनूप अरोरा, श्रद्धा नवल, उमेश श्रीवास्तव, वीरेंद्र झा, बबलू खान, धनंजय सिंह, राज मिश्च अउर हीरालाल यादव बाड़ें.