रिकार्ड तोड़ दिहलसि ‘छलकता हमरो जवनिया’

भोजपुरी सिनेमा के गायिकी के सिरमौर अउर मेगा पावर स्टार पवन सिंह के सुपर डुपर हिट फिलिम ‘भोजपुरिया राजा’ के गाना ‘छलकत हमरो जवनिया ए राजा’ सगरो रेकॉर्ड धवस्त कर दिहलसि. फिलिम यू ट्यूब पर 200 मिलियन व्यूज पार कर चुकल बा.

पवन सिंह आ काजल राघवानी रोमांटिक डांस संगीत प्रेमियन के खूब निमन लागल, ह गाना के मिलल 200 मिलियन व्यूज भोजपुरी में एगो नया कीर्तिमान स्थापित कर चुकल बा.

अइसन पहिली बार भइल बा, जब भोजपुरी के कवनो गाना हिट भइला के साथ साथ रिकॉर्ड तोड़ व्यूज हासिल कइलसि. इंटरनेट पर ई गाना म्यूजिक कंपनी वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स भोजपुरी के ऑफिसियल यू ट्यूब चैनल से रिलीज कइल गइल रहल. कम्पनी के ओनर रत्नाकर कुमार हवें जे जिन्होंने फिलिम के आल डिजिटल राईट्स ख़रीदलें बाड़ें.

[powerkit_separator style=”solid” height=”1″]
[powerkit_posts title=”पवन सिंह से अउर पढ़ल जाव” count=”1″ image_size=”” category=”cinema” tag=” ” ids=”” orderby=”date” order=”ASC” time_frame=”” template=”grid-2″]
[powerkit_separator style=”solid” height=”1″]

‘छलकता हमरो जवनिया’ गाना पवन सिंह आ प्रियंका सिंह के मधुर आवाज में ह, गीतकार आज़ाद सिंह के लिखल एह गीत के संगीत संगीतकार मधुकर आनंद के दिहल ह.

आप लोगन के बता दिहल जाव कि फिलिम में प्यारेलाल यादव ‘कवि’ जी आ चित बहार अंजाना के लिखल गाना भी बा.

वसुंधरा मोशन पिक्चर्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्‍म ‘भोजपुरिया राजा’ के निर्माता सुधीर सिंह हवें, सहनिर्माता संदीप सिंह बाड़ें. निर्देशक सुजीत कुमार सिंह, लेखक वीरू ठाकुर हवें.

मुख्य भूमिका में पवन सिंह, काजल राघवानी, उमेश सिंह, बृजेश त्रिपाठी अवकाश सिंह, सन्नी सिंह, अनूप लोटा तिवारी, प्रियंका वर्मा, पूजा तिवारी के साथे सीमा सिंह आ ग्लोरी मोहंता स्पेशल सांग में ह.