एक्सक्लुसिव: लूलिया गर्ल निधि झा और विश्वजीत विशु के जूनून के शूटिंग शुरू

करोड़ो दिलों पर राज कर रहल लूलिया गर्ल के रूप लोकप्रिय निधि झा के नवकी भोजपुरी फिल्म जूनून का निर्माण कइल जा रहल बा. केंद्रीय भूमिका में निधि झा अउर गायक से नायक बनला के परंपरा के आगे बढ़ावत गायक विश्वजीत विशु बाड़ें.

सबसे बढ़ बात ई बा कि साउथ फिल्मन के जानल मानल अभिनेता प्रकाश राज एह फिल्म के जरिये भोजपुरी सिनेमा में धमाकेदार शुरुआत कर जा रहल बाड़ें. जी हाँ, भोजपुरी फिल्मों के विषय वस्तु में बेहतरीन परिवर्तन खातिर फिल्म जुनून के आगाज हो रहल बा, फ़िल्म प्रचारक रामचंन्द्र यादव के अनुसार फ़िल्म मे कई गो खूबी भी मौजूद बा जे दर्शकन के पसंद आई.

एह फिल्म के शूटिंग मुंबई में जोर शोर से कइल जा रहल बा. शूटिंग के पहले दिन के शुरुआत रोमांटिक गाने से भइल , नृत्य निर्देशक प्रसून यादव के नेतृत्व में डांसर हीरो-हीरोइन के साथ नाचत नज़र अइहें.

एह गाने के भव्य पैमाने पर फिल्मावल जा रहल बा,जवन कि सिनेप्रेमियन के बहुते लुभाई. चंदन बाबू इंटरटेनमेंट आ माँ मंशा इंटरप्राइजेज प्रस्तुत फिल्म के निर्माता सौरभ सिंह (राजन) एवं सीबी इंटरटेनमेंट एन्ड टीम ह.

फिल्म के कुशल निर्देशन के बागडोर निर्देशक चंदन सिंह संभाल रहल बाड़ें, जिनकरा के उम्दा फिल्म निर्माण में महारत हासिल बा. फिल्म के सहनिर्माता गुलाब दास ‘एडवोकेट’, रोहित सिंह, भूरेलाल पटेल, लेखक अनिल विश्वकर्मा बाड़ें जे फ़िल्म में एक से बढ़ के एक संवाद लिखले बाड़ें.

फ़िल्म के संगीतकार अविनाश झा ‘घुंघरू’, फिल्म के कास्टिंग डायरेक्टर संजय राज, छायांकन रंजीत सिंह, नृत्य प्रसून यादव के बा. फिल्म प्रचारक रामचन्द्र यादव अउर सर्वेश कश्यप हवें.