फिलिम ‘मेरे जीवन साथी’ के ट्रेलर लॉन्च भइल

फोटो/रिपोर्ट्स:रामचंद्र यादव

माँ भागीरथी फिल्म्स कृत भोजपुरी फिलिम मेरे जीवन साथी के ट्रेलर मुंबई में धूमधाम से लांच कइल गइल. साथ ही साथ एही बैनर तले नई भोजपुरी फिल्म मझिला के भव्य मुहूर्त भी कइल गइल.

एह शुभ अवसर पर मुख्य अतिथि भोजपुरी सिनेमा के महानायक आ पहले सुपरस्टार कुणाल सिंह अउर प्रसिद्ध अभिनेता गोपाल राय सहित भोजपुरी सिनेमा के दिग्गज फिलिम के शुभकामना दिहलें.

फिल्म के ट्रेलर बहुत ही बेहतरीन बतावल जा रहल बा, फिलिम पूरी तरह से मनोरंजन से भरपूर बा. फिल्म के नायक पृथ्वी सिंह अउर नायिका बबली गोस्वामी सहित सगरो कलाकार अपने अपने किरदार के निभावत नजर अइहें.

फिलिम में हर वर्ग खातिर कुछ न कुछ राखल गइल बा. फिलिम सामाजिक आ साहित्यिक के साथ साथ भोजपुरी समाज के आगे बढ़ावे में मदद करी.

इ फिलिम हर वर्ग के दर्शकन के धियान में रख के बनावल गइल बा. दर्शकन के ई फिलिम बहुते पसंद आई. फिल्म मेरे जीवन साथी के निर्माता इन्द्र प्रकाश आर. यादव, निर्देशक मनोज भास्कर, लेखक ए.बी. मोहन हवें.

सह निर्माता दीपक सिंह, संगीतकार जय बहादुर जौनपुरी, छायांकन राजेश राठौर, मारधाड़ प्रदीप खड़का, कला विजय कुमार दास आ गोविंद के ह. कार्यकारी निर्माता सूरज सिंह हवें.

फिलिम में मुख्य कलाकार पृथ्वी सिंह, बबली गोस्वामी, सत्या सिंह, ओम यादव, मनीष दूबे, सोनिया नेगी, गोपाल राय, सीपी भट्ट, सकीला मजीद, दिनेश राय, सुरेश पाल, राम मौर्य, आर.एन. चौधरी आदि बाड़े

आप लोगन के बतावत चलल जाव कि फिलिम मझिला के भी निर्माता इन्द्र प्रकाश आर. यादव हवें.