इश्कवाले के ट्रेलर अउर म्यूजिक लांच होते ही वायरल भइल

भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता अविनाश शाही, धड़कन गर्ल शिखा मिश्रा  आ समीर खान, प्रियंका महाराज स्टारर भोजपुरी फिल्म इश्कवाले के ट्रेलर अउर म्यूजिक भव्य रूप में मुंबई के द व्यूज प्रीव्यू थिएटर में धूमधाम से भइल.
इहाँ फिलिम जगत आ समाज से जुड़ल बहुत गणमान्य लोग फिलिम के  ट्रेलर देख के फिलिम के प्रशंसा कइलें अउर फिलिम के पूरा टीम के बधाई दिहलें. साथ ही फिलिम के सफलता के कामना भी कइलें.
[powerkit_separator style=”solid” height=”1″]
[powerkit_posts title=”भोजपुरी सिनेमा से अउर पढ़ल जाव” count=”1″ image_size=”” category=”cinema” tag=”” ids=”” orderby=”date” order=”ASC” time_frame=”” template=”grid”]
[powerkit_separator style=”solid” height=”1″]
आप लोगन के बात दिहल जाव कि फिलिम के ट्रेलर वेव म्यूजिक कंपनी के ऑफिसियल यू ट्यूब चैनल पर रिलीज कइल गइल बा. सिनेप्रेमी लोगन के ट्रेलर बहुत पसंद आ रहल बा आ फिलिम के ट्रेलर यूट्यूब पर वायरल हो रहल बा.
फ़िल्म के ट्रेलर देखला से ई साफ पता चल रहल बाा कि फ़िल्म इश्क़वाले अउर फिल्मन से कुछ हट के बनावल गइल बा.
आप लोगन के बता दिहल जाव कि  खुशबू फ़िल्म इंटरटेनमेंट के बैनर तले निर्मित फिल्म इश्क़वाले के निर्माता मोहम्मद शमीम हवें जबकि सह निर्माता नूर मलिक आलम बाड़ें.
फिलिम के निर्देशन ह निर्देशक प्रदीप आर शर्मा के अउर कथा, पटकथा आ संवाद सोम बी. श्रीवास्तव जी के लिखल हवे.
फिलिम के जानदार आ शानदार गीत-संगीत मुन्ना दूबे के कलम से निकलल बा जबकि छायांकन साहिल जे अंसारी आ राहुल सक्सेना,  संकलन धर्म सोनी के ह.
फिलिम के प्रचारक रामचंद्र यादव आ सर्वेश कश्यप जी बाड़ें.
फिल्म के मुख्य कलाकार अविनाश शाही, समीर खान, शिखा मिश्रा, प्रियंका महराज, उमेश सिंह, जीतू शुक्ला, गोपाल राय, आनंद मोहन, संजय वर्मा, संदीप मिश्रा, गुड्डू यादव, करन मिश्रा आ बबली गोस्वामी हवें.
अविनाश शाही, शिखा मिश्रा आ समीर खान, प्रियंका महाराज के रोमांटिक जोड़ी में प्यार, रोमांस के अनोखा संगम के साथ साथ फिलिम में कॉमेडी अउर एक्शन के भरपूर डोज देखे के मिली.
आप लोगन के बता दिहल जाव की फिलिम  प्रेम कथा पर आधारित बा. फिलिम के पूर्ण उद्देश्य हर दर्शक वर्ग के मनोरंजन कइल बा.