उत्तर प्रदेश, उत्तराखंड के पूर्व मुख्यमंत्री एनडी तिवारी के निधन

उत्तर प्रदेश, उत्तराखंड के पूर्व मुख्यमंत्री एनडी तिवारी के निधन

दू बार यूपी आ एक बार उत्तराखंड के मुख्यमंत्री रह चुकल नेता नारायण दत्त तिवारी के आज दिल्ली में निधन हो गइल. इन दी तिवारी पिछले एक साल से बीमार रहलें.

दिल्ली के साकेत स्थित मैक्स अस्पताल में एनडी तिवारी अंतिम सांस लिहलें. एनडी तिवारी 93 साल के रहलें.

18 अक्टूबर 1925 के तत्कालीन यूनाइटेड प्रोविंस में नैनीताल के पास बलूटी गांव में एनडी तिवारी के जन्म भइल रहे.

तब उत्तर प्रदेश के गठन भी ना भइल रहे, भारत के ई हिस्सा 1937 के बाद से यूनाइटेड प्रोविंस के रूप में जानल जाव आ आजादी के बाद संविधान लागू भइला पर उत्तर प्रदेश के नाम मिलल.

तिवारी के पिता पूर्णानंद तिवारी वन विभाग में अधिकारी रहलें.

25 जून 1988 – 5 दिसम्बर 1989 आ 3 अगस्त 1984 – 24 सितम्बर 1985, 21 जनवरी 1976 – 30 अप्रैल 1977 यूपी के मुख्यमंत्री भी रहलें.

भोजपुरी सिनेमा से समाचार