‘निरहुआ हिंदुस्तानी 3’ के मिलल छठी मइया के आशीर्वाद,बम्पर ओपनिंग

जुबलीस्‍टार दिनेशलाल यादव निरहुआ स्टारर फ़िल्म ‘निरहुआ हिंदुस्तानी 3’ के छठी मइया के आशीर्वाद मिल गइल बा, फिल्म प्रचारक रामचंद्र यादव भोजपुरी खोज डॉट के बतवलें कि फिलिम के बम्पर ओपनिंग मिलल बा. लोक आस्था के महापर्व छठ के शुभ अवसर पर 14 नवम्बर के रिलीज भइल इ फिलिम एंटरटेनमेंट के पूरा डोज से भरपूर बिया और निरहुआ हिंदुस्तानी सीरीज के तिसरकी फिलिम ह.

इस फ़िल्म के लिए बहुप्रतीक्षारत दर्शक काफी उत्साह के साथ सिनेमाघरों में कर रहल बाड़ें अउर फ़िल्म देख के खूब आनंद उठा रहल बाड़ें। फिल्म की बम्पर ओपनिंग पर दिनेशलाल यादव निरहुआ संपूर्ण बिहार वासियन आ देश वासियन के छठ पूजा के बधाई देते सिनेप्रेमियन के धन्यवाद दिहलन।
आप लोगन के बता दिहल जाव कि फिल्म ‘निरहुआ हिंदुस्तानी 3’ एह सीरीज के अब तक बनल दुनो फिल्‍मों से बढ़ फिलिम बा.

इंडस्‍ट्री में बेहतरीन कहानी के साथ फिलिम बनावे के एगो शुरुआत निरहुआ हिंदुस्तानी सीरीज से दिनेश लाल कर चुकल बाड़े आ धिरे धीरे ही सही बाकी कलाकार भी ओहि रास्ते पर चलिहें। एह फिलिम के इन्तजार दर्शकन के बेसब्री से रहल. फिलिम के ट्रेलर पर दर्शकन सकारात्मक प्रतिक्रिया से गदगद फिलिम के सगरो टीम अब फिलिम के बम्पर ओपनिंग से उत्साहित नज़र आ रहल बा.

एह फ़िल्म के मंजुल ठाकुर निर्देशित कइले बाड़ेलोगन , आप लोगन के बता दिहल जाव कि मंजुल ही निरहुआ हिंदुतानी 2 के भी निर्देशित कइले रहलें.

निरहुआ एंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड के कार्यकारी निर्माता हरिकेश यादव बतवलें कि निरहुआ हिंदुस्तानी के पहिला दू जो पार्ट के दर्शक खूब पसंद कइलें जेकरा बाद लोगन के इच्छा आ डिमांड के कारण फिलिम के सीक्वल बनावल गइल. निरहुआ हिंदुस्तानी एगो पारिवारिक कथानाक वाली सीरीज ह , इ अब तीसरा पार्ट हमहन क छठ के शुभ अवसर पर रिलीज कइले बानी जा. और आशा ना पूरा उम्मीद बा कि इहो फिलिम ‘बॉर्डर’ के तरह बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचाई।
हरिकेश कहलें कि निरहुआ हिंदुतानी सीरीज आगे भी जारी रही.

फिलिम के संगीतकार रजनीश मिश्रा, जबकि गीतकार प्यारे लाल कवि, श्याम देहाती और आजाद सिंह जी बाड़ें। निरहुआ हिंदुस्तानी 3 के प्रोडक्शन के कमान राजेश भगत, फ़िल्म के सिनेमेटोग्राफी सिद्धांत सिंह के, एक्शन डायरेक्टर अंदलीब पठान , कला निर्देशक नजीर शेख व नृत्य निर्देशक बाड़ें कानू मुखर्जी व निशांत। फ़िल्म प्रचारक उदय भगत, रंजन सिन्हा आ रामचन्द्र यादव बाड़ें।

फ़िल्म में जुबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ, यू ट्यूब क्वीन आम्रपाली दूबे और शुभी शर्मा के साथ संजय पांडे, किरण यादव, आशीष शेन्द्रे, समर्थ चतुर्वेदी, हेमलाल कौशल, संजय निषाद, राजवीर सिंह मुख्य भूमिका में बाड़ें।.