TRAI के हाथ मे रिमोट, 130 रुपिया में 100 चैनल

जल्द ही केबल ऑपरेटर्स के मनमानी पर ट्राई TRAI  लगाम लगावे जा रहल बिया. ट्राई के नया दिशा निर्देश के अनुसार 100 गो फ्री टू एयर चैनल के खातिर 130 रुपिया के शुल्क देवे के पड़ी जबकि अलग से जेतना चैनल आप देखल चाहब बस ओहि चैनल के पइसा चुकावे के पड़ी.

TRAI के दिशा निर्देश केबल और डीटीएच ऑपरेटर्स दुनो पर लागू होइ. ट्राई के अनुसार दिशा निर्देश के पालन न कइला पर कानूनी कार्रवाई भी कइल जा सकेला.

आप लोगन के बता दिहल जाव की ट्राई जेतना चैनल ओतने पइसा के नियम लागू कर चुकल बा. अब 100 गो फ्री टू एयर चैनल मात्र 130 रुपिया में दर्शकन के देखावे ला ऑपरेटर्स बाध्य हो जइहें.

एकरा अलावा जेतना भी चैनल दर्शक सब्सक्राइब करीहें ओतने के ही पैसा चुकावे के होइ.